
छठवां विश्व भोजपुरी सम्मेलन 24 और 25 मार्च के नई दिल्ली मे होई,पूर्वाँचल एकता मंच के तत्वाधान मे सगरो कार्यक्रम दादा देव मेला ग्राऊंड ,नई दिल्ली मे शुरु होई ।
पूर्वाँचल एकता मंच(रजि.) के मीडिया प्रभारी मुकेश कुमार सिँह एह कार्यक्रम के जानकारी भोजपुरीखोज डाँट काँम के फेसबुक के माध्यम से दिहलेँ ।
छठवां विश्व भोजपुरी सम्मेलन मे गोष्ठी, कवि सम्मेलन, भोजपुरी नाटक, लोक संगीत, भोजपुरी विरासत और भोजपुरी सिनेमा के भी झलक देखे के मिली ।
पूर्वाँचल एकता मंच के मीडिया प्रभारी मुकेश कुमार सिँह के मुताबिक एह कार्यक्रम मेँ देश विदेश के भोजपुरी से जुड़ल साहित्यकार, कवि, कलाकार, नेतागण, समाजिक काजकर्ता और भोजपुरी आंदोलन से जुड़ल लोग भी एह कार्यक्रम मे अईहेँ ।
भोजपुरी साहित्य, संस्कृति संरक्षण आ विकास खातिर कार्य करे वाली संस्था पूर्वाँचल एकता मंच(रजि.) ई आयोजन कई बार सफलता पूर्वक करा चुकल बिया ।
अगर आज और काल्हू रऊवां घरे बानी त हमहन के निहोरा बा कि ए कार्यक्रम मे रऊवोँ भाग लीँ और कार्यक्रम के सफल बनावे बदे आपन सहयोग दीँ ।
कार्यक्रम के पता:
दादा देव मेला ग्राऊंड
सेक्टर 8
द्वारका,नई दिल्ली
110077
मुख्य आकर्षण-24 मार्च
उदघाटन सत्र 2 बजे और विचार गोष्ठी 3 बजे
कवि सम्मेलन 4 बजे से सांझ ले आ सांस्कृत काजकरम 6 बजे से 10 बजे रात तक
मुख्य आकर्षण-25 मार्च
परिचर्चा 2 बजे और लोकगीत विर कुवर सिँह गाथा 3 से 5 बजे तक
सिनेमा विशेष 6 बजे से आ अलंकरण 8 बजे रात तथा सांस्कृतिक कार्यक्रम 8 से 10 बजे रात तक
कार्यक्रम के विस्तृत जानकारी पूर्वाँचल एकता मंच(रजि.) के पदाधिकारी लोगन के माध्यम से भोजपुरी खोज डाँट काँम आप तक जरुर पहुचाई ,कार्यक्रम से जुड़ल तस्वीर आ ख़बर पर हमहन के नज़र बनवले बानी जा ।




